Home news प्रधानमंत्री कहलन ओकरापे चुटकी लेताबा सोशल मीडिया

प्रधानमंत्री कहलन ओकरापे चुटकी लेताबा सोशल मीडिया

2398
0

DELHI , Bhojpuri Samaj
06-04-2020

पीएम मोदी भारत के लोग वन से कहलन की इतवार  अंधेरिया के 9:00 बजे घर के सब बत्ती बुता देवें के, घरे के फाटक और दुअरा पर खड़ा हुई के 9 मिनट खाती दीया, मोमबत्ती, टॉर्च अउर मोबाइल के रोशनी जलावे के बा ।


पीएम मोदी शुक्रवार 3 अप्रैल के भोर 9 बजे वीडियो मैसेज से हमन सब भारत के बतवलन। सबे लोगन के कहलन प्रधानमंत्री 5 अप्रैल के सबे लोगन के एक होके कोरोनवा के डरवा के भगावे के बा। ओके अंजोर के ताकत बतावे खाती 5 अप्रैल के हमन सब 130 करोड़ भारत के लोग वन के महाशक्ति का जागरण करावे के बा। भारत के हमन सब महासंकल्प के सबसे ऊंच टिला बनावे के बा।


पीएम मोदी भारत के हमन सब से कहलन की, एतवार अंधेरिया के 9:00 बजे हम रउरा सबके 9 मिनट मांगत बानी। आपन आपन घरे सबे लोगन लाइट बुुाझ के, घरे के घरे के फाटक और दुअरा पर खड़ा हो के 9 मिनट खाती मोमबत्ती दीया टॉर्च या मोबाइल फ्लैशलाइट जलावे के बा। उ समय घरे के सबे लाइट बुझा देवे के बा। सगरो सब दिशा में हमन सब एक एक दिया जलाईब त प्रकाश के महाताकत (महाशक्ति) के महसूस करवे के बा। हमन सब एगो मकसद से जुझत बानी।


प्रधानमंत्री के कहला पे सोशल मीडिया में अलगे-अलगे बात कहत बा लोग। बहुते सब लोग पीएम के कहला के साथ लउकत बा अउर बहुत से सोशल मीडिया यूजर्स अइसनो बाडन जे पीएम के कहला पे चुटकी ले रहल बा लोग देखें में आवत बा।

फिल्म अभिनेता एजाज खान ने पीएम के कहला पे चुटकी ले के लिखलन – सब लाइट बंद हो जाई त कोरोनवा समझी की भारत में अब केहू नईखे त उ भाग जाई। अउर त अउर अभिनेत्री तापसी पन्नू ने लिखली एगो अउर टास्क मिल गइल। देखीं कईसे-कईसे पीएम मोदी के कहला पे तंज करत बा लोग।


बतावत बानी कि एसे पहिले पीएम मोदी अईसने बात जनता कर्फ्यू कहले रहलन। 22 मार्च के जनता कर्फ्यू खाती बोलले रहलन पीएम, जनता कर्फ्यू अउर छिपा बजावे सब लोग खाती मिसाल बन गईल। उहाके 22 मार्च एतवार के दिन कोरोनावा के खिलाफ लड़ाई लड़े खाती सब लोग के धन्यवाद दिहले, उहो कई देशों खाती मिसाल बन गइल बा। जनता कर्फ्यू अउर छिपा बजावे के काम सामूहिक ताकत के एहसास करा दिहल। एकरा ले पता चलल की देश एगो होके कोरोनवा से लड़ाई लड़ सकेला।